Type Here to Get Search Results !

माई दरबार चल भजन लिरिक्स | Mayi Darbar Chala Bhajan Lyrics

Mayi Darbar Chala Bhajan Lyrics


माई दरबार चल भजन लिरिक्स


माईं दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

शारदा भवानी के जग कल्याणी के

शारदा भवानी के जग कल्याणी के

मनसाक जानी के बोल जयकार

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

कथा पुराण बाटे जानत जहान बाटे

शारदा माई आउरी भक्त के बखान बाटे

कथा पुराण बाटे जानत जहान बाटे

शारदा माई आउरी भक्त के बखान बाटे

जुटल भीड़ भकतन में साधु और संतन में

जुटल भीड़ भकतन में साधु और संतन में

पहिला पूजा खातिर मचल घमासान

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

सब का गुमान भइल युद्ध घमासान भइल

पूजा करे खातिर केतनन के जान गइल

सब का गुमान भइल युद्ध घमासान भइल

पूजा करे खातिर केतनन के जान गइल

होके प्रकट माई बोलली शारदा आई

होके प्रकट माई बोलली शारदा आई

खून से खपड़ जे भर दी हमार

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

खींची तलवार अल्हा कइके जयकार अल्हा

अपने आपन मुड़ी दिहलस उतार आल्हा

खींची तलवार अल्हा काइके जयकार अल्हा

अपने आपन मुड़ी दिहलस उतार आल्हा

सर अलगा करके खून से खपड़ भरके

सर अलगा करके खून से खपड़ भरके

पहिला पूजा के मिलल अधिकार

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

कइली कल्याण मईया लवटवली प्राण मईया

अल्हा अमर हो जा दिहली वरदान मईया

कइली कल्याण मईया लवटवली प्राण मईया

अल्हा अमर हो जा दिहली वरदान मईया

मंदिर जब भी खुलेला पूजा ताजा मिलेला

मंदिर जब भी खुलेला पूजा ताजा मिलेला

अल्हा अमर भरत जाने संसार

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार

शारदा भवानी के जग कल्याणी के

शारदा भवानी के जग कल्याणी के

मनसाक जानी के बोल जयकार

माई दरबार चल माई दरबार

सांचा दरबार चल सांचा दरबार



एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.
close button