सभे बरत करता भजन लिरिक्स
सभे बरत करता ऐ धनि तुहु करs
मारs जनि मन असो भउजी कोशी भरs
रुकs देवरु दउरा सरिया ली
की चलs भउजी हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली
की चलs धनि हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली
पेन्हि लs पियरिया बान्हि लs पगरिया
दउरा सजल बा करs चले के तईयरिया
उखिया तू लेलs हाथे तुहु चलs साथे साथे
तिवई के भीड़ ना तs बढ़ जाई छठी घाटे
ठीक रउवा कहतानी हई धरी ना लोटा के पानी
दियरी ना बुते घिउवा डाली
की चलs भउजी हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली
की चलs धनि हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली
लेई लs अरघ हाथे लावs ध्यानवा
पाके दर्शन प्रसन्न होई मनवा
छठी के बरतिया भईल सफल हो
हर साल परब करब हे सुरुज मल हो
धन हम भईनी जी पूजा राउर कईनी जी
हथवा में लेके आरती के थाली
की चलs भउजी हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली
की चलs धनि हाली हाली
सुरुज देखईहे लाली