Type Here to Get Search Results !

पेन्हले महादेव पियरिया भजन लिरिक्स | Penhle Mahadev Piyariya Bhajan Lyrics

Penhle Mahadev Piyariya Bhajan Lyrics


पेन्हले महादेव पियरिया भजन लिरिक्स



पेन्हले महादेव पियरिया
पेन्हले महादेव पियरिया
माथे दउरा उठाई
माथे दउरा उठाई !
दउरा के सोभेला चुनरिया
दउरा के सोभेला चुनरिया
घाटे चले हरसाये
घाटे चले हरसाये !

फल फलहरिया से दउरा सजा के
सोन कलसूपवा में दियना जरा के
छठी माई के करे हथजोरिया
छठी माई के करे हथजोरिया
भीख मांगे सिर नाये
भीख मांगे सिर नाये !
दउरा के सोभेला चुनरिया
दउरा के सोभेला चुनरिया
घाटे चले हरसाये
घाटे चले हरसाये !

गउरा के गोदिया में छोट बा बलकवा
कहेली हे माई हटे रउरे सेवकवा
इनका पs रखिह नजरिया
इनका पs रखिह नजरिया
जनि दिहs बिसराई
जनि दिहs बिसराई !
दउरा के सोभेला चुनरिया
दउरा के सोभेला चुनरिया
घाटे चले हरसाये
घाटे चले हरसाये !

जल बीचे ठाड़ भईले अरघ के बेरिया
एके टक आदित के निरखे नजरिया
रउवे से चलताटे दुनिया
रउवे से चलताटे दुनिया
हरदम रहिह सहाय
हरदम रहिह सहाय !
दउरा के सोभेला चुनरिया
दउरा के सोभेला चुनरिया
घाटे चले हरसाये
घाटे चले हरसाये !


एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ
* Please Don't Spam Here. All the Comments are Reviewed by Admin.
close button