धनिया हमार नया बाड़ी हो छठ लिरिक्स
पहिले पहिले बरत कर ताड़ी
कोशिया नु भर ताड़ी
थोड़े थोड़े डर ताड़ी हो
तs भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई
धनिया हमार नया बाड़ी हो
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई !
धनिया इनकर नया बाड़ी हो !!
शहरे में रहल बाड़ी धनिया
विधि कुछउ ना जानस
भूखे के बरत जिद करेली
नाही कहला पs मानस
हां आ आ ..!
शहरे में रहल बाड़ी धनिया
विधि कुछउ ना जानस
भूखे के बरत जिद करेली
नाही कहला पs मानस
कलसूप में दियवा जरावs ताड़ी
नारियल सजावs ताड़ी
छठ गीत गावs ताड़ी हो
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई
धनिया हमार नया बाड़ी हो
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई !
धनिया इनकर नया बाड़ी हो !!
हाथ जोड़ी करेली विनतिया
माई श्रद्धा पुरईहs
गोदिया में खेले इनका लालना
अईसन कृपा बनईहs
हाथ जोड़ी करेली विनतिया
माई श्रद्धा पुरईहs
गोदिया में खेले इनका लालना
अईसन कृपा बनईहs
छठ के सामान सरियावs ताड़ी
चूड़ी खनकावs ताड़ी
पेन्हि के पियर साड़ी हो
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई
धनिया हमार नया बाड़ी हो
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई !
धनिया इनकर नया बाड़ी हो !!